अंगरेजी साहित्य - विकिपीडिया अंगरेजी साहित्य विकिपीडिया से Jump to navigation Jump to search अंगरेजी साहित्य चाहे अंगरेजी-भाषा के साहित्य, अंगरेजी भाषा में रचल साहित्य हवे जेह में इंग्लैंड के अलावे अउरियो आसपास के देसन के लोगन द्वारा साहित्य के सामिल कइल जाला आ बाद के समय में अंगरेज-शासित रहल देसन आ उपनिवेशन के लोग द्वारा एह भाषा में लिखल साहित्य के भी गिनल जाला। इंग्लैंड, जहाँ के लोग के अंगरेज (इंग्लिश) कहल जाला आ जेह लोगन के ई अंगरेजी (इंग्लिश) भाषा हवे, के अलावे आसपास के अउरीयो इलाका के लोग एह भाषा में लिखल, स्कॉटलैंड, वेल्श, पूरा आयरलैंड में एह भाषा में साहित्य लिखल गइल। बाद में ब्रिटिश साम्राज्य के समय में ओह देसन में भी अंगरेजी में साहित्य लिखल गइल जे एह साम्राज्य के उपनिवेश रहलें आ अमेरिकी अंगरेजी साहित्य, भारतीय अंगरेजी साहित्य आ प्रवासी लोगन के लिखल अंगरेजी साहित्य नियर उपबिभाजन पैदा भइल जे अंगरेजी साहित्य के हिस्सा हवे। अंगरेजी भाषा के पैदाइश लगभग पाँचवीं सदी के दौरान सुरू भइल जब एंग्लो-सैक्सन प्रवासी लोग ग्रेट ब्रिटेन में आ के बसल आ एह लोगन के एंग्लो-फ्रायसियन बोली से एह नया भाषा के बिकास भइल। एह सुरुआती अंग्रेजी के पुरानी अंगरेजी (ओल्ड इंग्लिश) के नाँव से जानल जाला। बेइअवुल्फ़ (Beowulf) एह पुरानी अंगरेजी के सभसे परसिद्ध रचना हवे जेकरे रचयिता के जानकारी ना बाटे; ई स्कैंडिनेविया के परिवेश में स्थापित कहानी होखे के बावजूद अंगरेज लोगन में आ इंग्लैंड में एक तरह के राष्ट्रीय महाकाव्य के रूप मानल-जानल जाला। 1066 में नार्मन लोग इंग्लैंड पर कब्जा कइल जेकरे बाद पुरानी अंगरेजी में साहित्य के लिखल रूप गायब भ गइल आ एह दौर में राजकाज से ले के कोर्ट कचहरी आ लिखित बेहवार के भाषा फ्रेंच बन गइल रहे। नार्मन दौर के बोलचाल वाली अंगरेजी के मिडिल इंग्लिश कहल जाला। अंगरेजी भाषा के ईहे रूप 1470 के दशक ले रहल जबले कि बाद के मिडिल इंग्लिश ना बिकसित भइल जे लंदन आ आसपास के भाषा के बिस्तारित इलाका में फइले से बनल; एकरा के चांसरी स्टैंडर्ड (Chancery Standard) कहल जाला। ज्यॉफ्री चॉसर एह भाषा के सभसे परसिद्ध रचनाकार हवें आ उनके दि केंटरबरी टेल्स सभसे परसिद्ध रचना हवे। चौसर के अंगरेजी साहित्य के जनक आ अंगरेजी कबिता के जनक के रूप में एही कारन जानल जाला कि ऊ अइसन समय में आपन रचना के भाषा देसी अंगरेजी के बनवलें जबकि इंग्लैंड में अबहिनो राजकाज आ लिखा-पढ़ी के भाषा फ्रेंच आ लातीनी रहल। 1439 में प्रिंटिंग प्रेस के आबिस्कार भइल आ ई अंगरेजी के प्रसार आ मानक रूप धरे में मदद कइलस, किंग जेम्स के बाइबिल एही आबिस्कार के नतीजा रहल। एकरे बाद अंगरेजी में उच्चारण के भारी बदलाव शुरू भइल आ बहुत लंबा उच्चारण वाला स्वर भाषा से गायब हो गइलें आ कई शब्दन में व्यंजन सभ साइलेंट हो गइलें; एह घटना के ग्रेट वॉवेल शिफ्ट के नाँव से जानल जाला आ अंगरेजी के इस्पेलिंग आ उच्चारण में अंतर होखे में एकर भारी परभाव मानल जाला। संदर्भ[संपादन] ई साहित्य-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। "https://bh.wikipedia.org/w/index.php?title=अंगरेजी_साहित्य&oldid=675705" से लिहल गइल श्रेणीसभ: साहित्य अंगरेजी साहित्य अंगरेजी छिपावल गइल श्रेणी सब: सगरी आधार लेख साहित्य आधार नेविगेशन मेनू निजी औजार खाता में प्रवेश नइखीं भइल बातचीत योगदान खाता बनाईं खाता में प्रवेश नाँवस्थान पन्ना बातचीत अउरी प्रकार बिबिध रूप पढ़ीं संपादन इतिहास देखीं More खोज करीं नेविगेशन मुख्य पन्ना बिसयसूची हाल के बदलाव अट्रेंडम पन्ना दान करीं योगदान मदद अभ्यासपन्ना योगदान करीं अनुरोध वार्ता चौपाल समाज पन्ना प्रबंधक सूचनापट औजार इहाँ का जुड़ल बा संबंधित बदलाव फाइल अपलोड करीं खास पन्ना स्थायी कड़ी पन्ना से जुड़ल जानकारी ए पन्ना के हवाला देईं Short URL विकिडेटा आइटम छापीं/निर्यात करीं किताब बनाईं PDF की रूप में डाउनलोड करीं छापे लायक वर्शन अन्य प्रोजेक्ट में Wikimedia Commons दुसरी भाषा में العربية Asturianu Azərbaycanca تۆرکجه Български বাংলা Bosanski Català Čeština Dansk Deutsch Ελληνικά English Esperanto Español Eesti Euskara فارسی Suomi Français Frysk Galego ગુજરાતી עברית हिन्दी Hrvatski Magyar Հայերեն Bahasa Indonesia Italiano 日本語 Қазақша ಕನ್ನಡ 한국어 Latina Lingua Franca Nova Lietuvių Македонски Bahasa Melayu မြန်မာဘာသာ Nederlands Norsk nynorsk Norsk bokmål ਪੰਜਾਬੀ Polski پنجابی Português Română Русский سنڌي Srpskohrvatski / српскохрватски සිංහල Simple English Slovenčina Српски / srpski Svenska தமிழ் Tagalog Türkçe Татарча/tatarça Українська اردو Tiếng Việt Winaray 吴语 中文 粵語 कड़ी संपादित करीं एह पन्ना पर आखिरी बेर संपादन 9 जुलाई 2020 के 14:53 बजे भइल रहल। पाठ क्रियेटिव कॉमन्स ऐट्रिब्यूशन/शेयर-अलाइक लाइसेंस के तहत उपलब्ध बा; अउरी शर्त भी लागू हो सकत बा। ढेर जानकारी खातिर उपयोग के शर्त देखीं। गोपनीयता नीति विकिपीडिया के बारे में नामंजूरी मोबाइल व्यू डेवलपर लोग Statistics Cookie statement